Sunday 17 April 2022

 



Album ; CHunari Mein Daag Laag Gail
Song : CHunari Me Daag Laag Gail
Singer : Madan Rai
Music : Bharat Sharma Vyas
Lyrics : Deep Mohammadabadi

बइठल रोवेली गुजरिया हो , 
चुनरी में दाग लाग गइल  2 

कइसे  जाइ पिया के नगरिया हो 
कइसे जाइ  पिया के नगरीय हो 
चुनरी दाग लाग गईल 
बइठल रोवेली गुजरिया हो 
चुनरी में दाग लाग गईल। 

आइल बा गवनवा के हमरो सनेसवा 
जाये के बा हमरो पियवा  देसवा 
कांच बारी , कांच बारी हमरी उमरिया हो 
चुनरी में दाग लाग गइल
बइठल रोवेली गुजरिया हो 
चुनरी में दाग लाग गइल।। 

नइहर  में चार गो यार बनवली 
दिन रात उनही से नैना लड़वली 
उनके सुतवली हम सेजरिया हो 
चुनरी में दाग लाग गइल 
बइठल रोवेली गुजरिया हो 
चुनरी  लाग गइल ।। 

चार बात सजना के हम भूल गइली 
पछतात बानी की ई का कइनी 
डोली आइल हाम्रो दुअरिया हो 
चुनरी में दाग लाग गइल 
बइठल रोवेली गुजरिया हो 
चुनरी में दाग लाग गइल।। 

चुनरी के दाग दीप कैसे छुडाइब 
कैसे हम सजना के मुहवा देखाएब 
बरसेली अंखिया से बदरिया हो 
चुनरी में दाग लाग गइल 
बइठल रोवेली गुजरिया हो 
चुनरी में दाग लाग गइल 
कैसे जाएब  पिया के नगरीय हो 
चुनरी में दाग लाग गइल 
बइठल रोवेली गुजरिया हो 
चुनरी में दाग लाग गइली    3 







0 comments:

Post a Comment