Sunday 26 October 2014



Album : Ke Tohra Sang Jaai
Singer : Madan Rai
                                                            Music : Bharat Sharma Vyas
Song Title : Kawane Khotwa Me Lukailu



कवने खोतवा में लुकइलू  हो कवने खोतवा में लुकइलू। 

आहे रे बालम चिरई , आहे रे बालम चिरई। 

कवने खोतवा में लुकइलू ,कवने खोतवा मे लुकइलू। 

आहे रे बालम चिरई ,आहे रे बालम चिरई। 

वन वन ढुंढ़ली ,दर दर ढुंढ़ली। 

ढुंढ़ली नदी के तीरे ,ढुंढ़ली नदी के तीरे।  २ 

साँझ के ढुंढ़ली ,रात के ढुंढ़ली। 

ढुंढ़ली होत फजीरे ,ढुंढ़ली हॉट फजीरे। 

जन में ढुंढ़ली मन में ढुंढ़ली। 

ढुंढ़ली बीच बाजारे ,ढुँढली बीच बाजारे। 

हिया हिया में पईस के ढुंढ़ली ,हिया हिया में पईस के ढुंढ़ली। 

ढुंढ़ली बिरह के मारे। 

कवने अतरे में हो कवने अतरे में। 

कवने अतरे में समइलू आहे रे बालम चिरई। 

प्रीत के हम हर घडी से पुछलि ,पुछलि रात मिलन से। 

पुछलि रात मिलान से। 

छंद छंद लय ताल से पुछलि ,पुछलि सुर के मन से। 

पुछलि सुर के मन से। 

किरन किरन से जाके पुछलि ,पुछलि नील गगन से। 

पुछलि नील गगन से। 

धरती अउरी पाताल से पुछलि , धरती अउरी पाताल से पुछलि। 

पुछलि मस्त पवन से। 

हो कवने खोतवा में ,हो कवने सुगना पर लुभइलू  

आहे रे बालम चिरई , आहे रे बालम चिरई।  २ 

मंदिर से मस्जिद तक देखलि गिरिजा से गुरुद्वारा। 

गिरिजा से गुरुद्वारा। 

गीता और कुरान में देखलि ,देखली तीरथ सारा। 

देखली तीरथ सारा। 

पंडित से मुल्ला तक देखली ,देखली हरेक कसाई। 

देखली हरेक कसाई। 

सगरी उमिरिया छछलत जियरा , सगरी उमिरिया छछलत जियरा। 

कइसे तोहके पाई। 

कवने बतिया पर , हो कवने बतिया  पर तू गइलू। 

आहे रे बालम चिरई ,आहे रे बालम चिरई। 

कवने खोतवा में लुका गइलू ,हो कवने खोतवा में लुका गइलू। 

आहे रे बालम चिरई , आहे रे बालम चिरई। २ 



Tag : BHOJPURI Songs Lyrics,Latest Songs Lyrics,OldSongs Lyrics,Bharat Sharma Bhojpuri Songs Lyrics,Madan Rai Songs Lyrics






0 comments:

Post a Comment